Monday, August 15, 2011

ee 'AZAADI' !

 ई 'आज़ादी' !



परनाम आ जय भोजपुरी! 
आज हमनी के 'आजादी के  सालगिरह' मनावत हईं जा |
आज के ही दिन हमनी के ई गौरवमयी आज़ादी मिळेल रहल |
ई आज़ादी के बेदी पर न जाने केतना लोग शहीद हो गईले ?
न जाने केतना मतारिन के गोंद सुन भईल त न जाने केतना सुहागनन क मांग सुन भईल?
केतना महान  आत्माए आपन पूर्णाहुति देहले तब जाके हमनी के ई आज़ादी मयस्सर  भईल ?
आज हम सबिन ओहे लोगन के ऋणी  हईं जा |
पर ओह ऐतिहासिक संघर्ष क सुखद परिनाम  रूपी ई आज़ादी आज सार्थक जा रहल बा ?
का उ आज़ादी अभी  अधूरी  बा? का हमनी के उ  कर्मवीरण क बलिदान बेकार हो गईल ?
का आज भी एह स्वतंत्र भारत में  गाँधी जी के 'रामराज' के इहे परिकल्पना रहे?
देश के आजाद होखला के ६५ साल बाद भी इहाँ चोरी,हत्या,लूट,खसोट,बेईमानी,बलात्कार, अपहरण 
जईसन बुरायीं क साम्राज्य व्याप्त हो रहल बा | चारो तरफ महगाई ,भुखमरी आ बेरोजगारी खुलेआम ई सबके बढावा दे रहल बा | आज सैकरण सरकारी योजनावन क बोलबाला बा,फिर भी हर हाथ के काम नईखे ? आज एगो मजदुर से पूछीं क़ि का हो तोहरा 'आज़ादी' बुझाला? त उ इहे कही कि 'का बताई साहेब बस हमनी के दू जून के रोटी मिल जाय इहे बहुत बा', कवनो बेरोजगार नवयुवक  से पूछीं कि का हो तोहरा आज़ादी कुछ बुझाला? त ओकरे जबाब इहे होई कि' बस एगो नौकरी मिल जाट त घर-परिवार क जिम्मेदारी पूरी हो ज़ात' | का 'आज़ादी' के सही मायने इहे बा ?
आज चारो उरी शासन-प्रशासन आ नेताजी लोग जबरी 'आज़ादी' मनवावेत हवें ! देश विकास के पथ पर आगे बाद रहल बा आ ई चुनौतियाँ क सामना कईल शायद बस में नईखे ? एगो अनपढ़  गवांर के त छोड़ी, पढ़ल-लिखल लोग भी अपराध करे में तनिको नईखे हिचकिचात ? कहे से कि सबसे
बडियार चीज़ बा रूपया यानी ज़रूरत | अब अयिसने में उ नौजवान के नागरिक कर्त्तव्य यद् रही ?
उके देश के बाहर का होता ? त छोड़ी,उ देश के भीतरे 'गृहयुद्ध' लड़ रहल बा | ओकरा आज़ादी  बुझाई ?
' मुल्क' आ 'समाज' के  सुचारू रूप से चलावे खातिर ही कवनो 'संविधान' बनेला जेकर सम्मान हर नागरिक क कर्त्तव्य होखेला,  बाकिन त जनता आ शासन के भी आपन 'निकमयी' छुपावे खातिर एक-दूसरा पर आरोप कसल छोड़े के चाही, आ आज के विद्द्वत्त  'राजनायिकन'  के भी एकर ठोस हल निकाले के चाही तबे देश के लोगन के 'आज़ादी' के सही मतलब समझ में आयी !
                               
                              जयहिंद!!जयभारत!!! 

स्वतंत्रता दिवस के इस पवन अवसर पर आप सभी नागरिको का हार्दिक वंदन,अभिनन्दन व ढेर सारी शुभकामनाये ! 

No comments:

Post a Comment